About: http://data.cimple.eu/claim-review/2a46258103352c07a8dff051e206dd620f8cd213d8c02190ce5b6adc     Goto   Sponge   NotDistinct   Permalink

An Entity of Type : schema:ClaimReview, within Data Space : data.cimple.eu associated with source document(s)

AttributesValues
rdf:type
http://data.cimple...lizedReviewRating
schema:url
schema:text
  • Newchecker.in is an independent fact-checking initiative of NC Media Networks Pvt. Ltd. We welcome our readers to send us claims to fact check. If you believe a story or statement deserves a fact check, or an error has been made with a published fact check Contact Us: checkthis@newschecker.in Fact checks doneFOLLOW US Fact Check सोशल मीडिया यूजर्स द्वारा ई दावा कईल जाता कि केंद्र सरकार द्वारा नया नियम जारी कइके देश में सारा सिम कार्ड 24 घंटा खातिर बंद कईले के आदेश दिहल गईल बा. केंद्र सरकार द्वारा नया नियम जारी कइके देश में सारा सिम कार्ड 24 घंटा खातिर बंद कईले के आदेश दिहले के नाम पर शेयर कईल जा रहल ई दावा के पड़ताल Newshecker द्वारा हिंदी भाषा में कईल गईल बा. अपने पड़ताल के दौरान हमनी के ई जानकारी मिलल कि संचार मंत्रालय, भारत सरकार के दूरसंचार विभाग द्वारा 27 सितंबर, 2022 के स्वैपिंग या रिप्लेसमेंट के हालत में नया सिम कार्ड जारी कईले के विषय में प्रकाशित कईल गईल दिशा-निर्देश प्राप्त भईल. दूरसंचार विभाग द्वारा जारी कईल गईल दिशा-निर्देश के अनुसार, सरकार स्वैपिंग या रिप्लेसमेंट की स्थिति में नए सिम कार्ड दिहले के विषय पर 1 अगस्त, 2016 के प्रकाशित कईल गईल नियम में एक नया प्रावधान जोड़ल गईल बा. एकरे अंतर्गत धोखाधड़ी और फर्जीवाड़ा रोके खातिर टेलीकॉम कम्पनीन के अब स्वैपिंग या रिप्लेसमेंट के हालत में नया सिम कार्ड जारी कईले के बाद 24 घंटा ले SMS/मैसेज (शार्ट मैसेज सर्विस) भेजले या प्राप्त कईले पर पाबन्दी लगउले के आदेश दिहल गईल बा. सूचना एवं प्रसारण मंत्रालय के अंतर्गत आए वाला PIB (प्रेस इनफार्मेशन ब्यूरो) द्वारा संचालित PIB Fact Check भी 23 नवंबर,2022 के शेयर कईल गईल एगो ट्वीट में ए दावा के भ्रामक बतावल गईल बा. सिम स्वैप फ्रॉड धोखाधड़ी करे वालन द्वारा अपनावल गईल एगो अईसन तकनीक है जेमे ऊ कौनों नया सिम कार्ड के चालू भईले के बाद ओकरे पुराना उपभोक्ता के बैंक से जुड़ल जानकारी पता लगाके उनके खाता से पैसा चोरा लेने. लेकिन ई प्रक्रिया बहुत मुश्किल होले. अगर उपभोक्ता तनिकों सावधानी बरतत बाने ते धोखाधड़ी करे वालन के मकसद सफल नाही हो पाई. मान ली कि अगर आपके पुरान सिम कार्ड कौनों धोखाधड़ी करे वाला के मिल गईल तब्बो ओके आपके खाता के बारे कौनों महत्वपूर्ण जानकारी नाही मिल पाई. एही वजह से फ्रॉड करे वाला लोग सोशल इंजीनियरिंग (कौनो यूजर के फायदा उठाके उनके ठगले की प्रक्रिया) के सहायता से राउर कस्टमर आईडी, एटीएम कार्ड के जानकारी (जैसे कार्ड नंबर, एक्सपायरी डेट आदि) या रउरे बैंक खाता से जुड़ल दूसर कौनों जरुरी जानकारी जुटवले के कोशिश करेने. अगर कौनो यूजर फर्जी कॉल, मैसेज या लिंक पे भरोसा ना करे ते फ्रॉड करे वालन के उनके लूटले में सफलता नाही मिली. बता दिहल जा कि Newschecker द्वारा 22 सितंबर, 2022 के सिम स्वैप फर्जीवाड़ा के लेके प्रकाशित लेख में ए तरह के फर्जीवाड़न पर विस्तार से जानकारी दिहल गईल बा. ए तरह हमनी के पड़ताल में ई बात साफ हो जाला कि केंद्र सरकार द्वारा नया नियम जारी कइके देश में सारा सिम कार्ड 24 घंटा खातिर बंद कईले के आदेश दिहले के नाम पर शेयर कईल जा रहल ई दावा भ्रामक बा. असल में सरकार द्वारा धोखाधड़ी तथा फर्जीवाड़ा रोकले खातिर स्वैपिंग या रिप्लेसमेंट के मामला में नया सिम कार्ड जारी कईले के बाद 24 घंटा तक खाली SMS/मैसेज (शार्ट मैसेज सर्विस) भेजले या प्राप्त कईले पर रोक लगवले के आदेश दिहल गईल बा. अगर आपके ई फैक्ट चेक पसंद आईल और आप अईसने और फैक्ट चेक पढ़ल चाहतानी ते इहां क्लिक करीं। Our Sources Instructions published by the Department of Telecommunications, GoI for issuing new SIM cards in case of swapping/replacement of SIM cards on 27 September 2022 and 1 August 2016 A tweet shared by PIB Fact Check on 23 November 2022 Newschecker fact check report published on 22 September 2022 कौनो भी संदिग्ध ख़बर के पड़ताल, संशोधन या अन्य सुझाव खातिर हमनी के WhatsApp करीं: 9999499044 या ई-मेल करीं: checkthis@newschecker.in Saurabh Pandey March 28, 2023 Saurabh Pandey December 28, 2022 Saurabh Pandey December 15, 2022
schema:mentions
schema:reviewRating
schema:author
schema:datePublished
schema:inLanguage
  • Hindi
schema:itemReviewed
Faceted Search & Find service v1.16.115 as of Oct 09 2023


Alternative Linked Data Documents: ODE     Content Formats:   [cxml] [csv]     RDF   [text] [turtle] [ld+json] [rdf+json] [rdf+xml]     ODATA   [atom+xml] [odata+json]     Microdata   [microdata+json] [html]    About   
This material is Open Knowledge   W3C Semantic Web Technology [RDF Data] Valid XHTML + RDFa
OpenLink Virtuoso version 07.20.3238 as of Jul 16 2024, on Linux (x86_64-pc-linux-musl), Single-Server Edition (126 GB total memory, 11 GB memory in use)
Data on this page belongs to its respective rights holders.
Virtuoso Faceted Browser Copyright © 2009-2025 OpenLink Software