About: http://data.cimple.eu/claim-review/2bedef42b3302818643de05ca3d26c6c39b1b4abb9876cf6c872cc5a     Goto   Sponge   NotDistinct   Permalink

An Entity of Type : schema:ClaimReview, within Data Space : data.cimple.eu associated with source document(s)

AttributesValues
rdf:type
http://data.cimple...lizedReviewRating
schema:url
schema:text
  • Authors A self-taught social media maverick, Saurabh realised the power of social media early on and began following and analysing false narratives and ‘fake news’ even before he entered the field of fact-checking professionally. He is fascinated with the visual medium, technology and politics, and at Newschecker, where he leads social media strategy, he is a jack of all trades. With a burning desire to uncover the truth behind events that capture people's minds and make sense of the facts in the noisy world of social media, he fact checks misinformation in Hindi and English at Newschecker. सोशल मीडिया पर एगो वीडियो शेयर कईके ई दावा कईल जाता कि ई प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी द्वारा 26 साल के उम्र में केदारनाथ मंदिर के परिक्रमा के वीडियो है. प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के कई पुरान तस्वीर और वीडियो आए दिन सोशल मीडिया पर शेयर होत रहेला. कभी प्रधानमंत्री द्वारा इमरजेंसी के दौर में भेष बदलकर घुमले के तस्वीर वायरल होला, ते कभी उनके द्वारा ग्रामीणन से मिलले के तस्वीर वायरल होला. भारत में कैमरा और टीवी वगैरह के इस्तेमाल पिछले 2 दशक में ढेर हो गईल बा, लेकिन ओकरे पहिले ई सब इलेक्ट्रॉनिक समान कुछ चुनिंदा घरे में ही मौजूद रहे, एही वजह से कई बार सोशल मीडिया यूजर्स केहू दुसरे के तस्वीर या वीडियो के भी प्रधानमंत्री के बताके शेयर कई देने. एही कड़ी में एगो वीडियो सोशल मीडिया पर बहुत तेजी से वायरल होत बा. प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी द्वारा 26 साल के उम्र में केदारनाथ मंदिर के परिक्रमा के नाम पर शेयर कईल जा रहल ए वीडियो में एगो आदमी के योग करत देखल जा सकेला. Fact Check/Verification प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी द्वारा 26 साल के उम्र में केदारनाथ मंदिर के परिक्रमा के नाम पर शेयर कईल जा रहल ए वीडियो के पड़ताल खातिर, हमनी के एकरे एगो स्क्रीनशॉट के गूगल पर खोजनी. ए प्रक्रिया में हमनी के जानकारी मिलल कि Jay baba Kedarnath नामक फेसबुक पेज द्वारा ईहे वीडियो 21 जून, 2021 के शेयर कईल गईल रहल. ये फेसबुक पोस्ट में शेयर कईल गईल वीडियो के क्वालिटी बढ़िया होखले के वजह से हमनी के एकरो एगो स्क्रीनशॉट के गूगल पर खोजनी. ए प्रक्रिया में हमनी के Neelam नामक ट्विटर हैंडल द्वारा रिट्वीट कईल गईल एगो ट्वीट मिलल, जवने में वीडियो के बारे में और अधिक जानकारी दिहल गईल बा. Shri Kedar 360 Trust नामक ट्विटर हैंडल द्वारा भी 21 जून, 2021 के इहे वीडियो शेयर कइके ई जानकारी दिहल गईल रहल कि “तीर्थ पुरोहित आचार्य श्री संतोष त्रिवेदी द्वारा केदारनाथ मंदिर परिसर में योग कइके अंतर्राष्ट्रीय योग दिवस मनावल गईल”. (असल ट्वीट: “Teerth Purohit ‘Acharya Shri Santosh Trivedi’ celebrating international Yog Day at Kedarnath Temple. The skill and competency Own by Shri Acharya ji is exemplary and motivates many people across the globe.”) उपरोक्त ट्वीट में शेयर कईल गईल जानकारी के आधार पर हमनी के “Teerth Purohit ‘Acharya Shri Santosh Trivedi” कीवर्ड के यूट्यूब पर खोजनी. ए प्रक्रिया में हमनी के संतोष त्रिवेदी द्वारा योग कईले के लेके प्रकाशित कई ठो मीडिया रिपोर्ट प्राप्त भईल. Times of India, India TV, ETV Bharat Uttarakhand, T News Telugu तथा ABP Ganga द्वारा प्रकाशित वीडियो रिपोर्ट के अनुसार, संतोष त्रिवेदी Devasthanam Board Act के खिलाफ प्रदर्शन और योग दिवस के अवसर पर योग कईके चर्चा में आईल रहले. Russia Ukraine War Hunter नामक यूट्यूब चैनल भी 22 जून, 2021 के इहे वीडियो के अपलोड कईके एकरा के संतोष त्रिवेदी द्वारा योग के बतउले रहलस। ए दावा के पड़ताल Newschecker द्वारा हिंदी भाषा में भी पढ़ल जा सकेला. Conclusion ए तरह हमनी के पड़ताल से ई बात साफ हो जाला कि प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी द्वारा 26 साल के उम्र में केदारनाथ मंदिर के परिक्रमा के नाम पर शेयर कईल जा रहल ई दावा भ्रामक बा. वीडियो में योग करत व्यक्ति केदारनाथ के तीर्थ पुरोहित संतोष त्रिवेदी हवे. Result: Partly False Our Sources Tweet shared by Shri Kedar 360 Trust 21 June, 2021 YouTube video published by Russia Ukraine War Hunter 22 June, 2021 Media reports कौनो भी संदिग्ध ख़बर के पड़ताल, संशोधन या अन्य सुझाव खातिर हमनी के WhatsApp करीं: 9999499044 या ई-मेल करीं: checkthis@newschecker.in Authors A self-taught social media maverick, Saurabh realised the power of social media early on and began following and analysing false narratives and ‘fake news’ even before he entered the field of fact-checking professionally. He is fascinated with the visual medium, technology and politics, and at Newschecker, where he leads social media strategy, he is a jack of all trades. With a burning desire to uncover the truth behind events that capture people's minds and make sense of the facts in the noisy world of social media, he fact checks misinformation in Hindi and English at Newschecker.
schema:mentions
schema:reviewRating
schema:author
schema:datePublished
schema:inLanguage
  • Hindi
schema:itemReviewed
Faceted Search & Find service v1.16.115 as of Oct 09 2023


Alternative Linked Data Documents: ODE     Content Formats:   [cxml] [csv]     RDF   [text] [turtle] [ld+json] [rdf+json] [rdf+xml]     ODATA   [atom+xml] [odata+json]     Microdata   [microdata+json] [html]    About   
This material is Open Knowledge   W3C Semantic Web Technology [RDF Data] Valid XHTML + RDFa
OpenLink Virtuoso version 07.20.3238 as of Jul 16 2024, on Linux (x86_64-pc-linux-musl), Single-Server Edition (126 GB total memory, 11 GB memory in use)
Data on this page belongs to its respective rights holders.
Virtuoso Faceted Browser Copyright © 2009-2025 OpenLink Software