About: http://data.cimple.eu/claim-review/e72e6881562429ff0e60868c6d60a46c9895989cc4fea5c2148e8d61     Goto   Sponge   NotDistinct   Permalink

An Entity of Type : schema:ClaimReview, within Data Space : data.cimple.eu associated with source document(s)

AttributesValues
rdf:type
http://data.cimple...lizedReviewRating
schema:url
schema:text
  • Newchecker.in is an independent fact-checking initiative of NC Media Networks Pvt. Ltd. We welcome our readers to send us claims to fact check. If you believe a story or statement deserves a fact check, or an error has been made with a published fact check Contact Us: checkthis@newschecker.in Fact checks doneFOLLOW US Health and Wellness Claim बियर पियले से हार्ट अटैक के खतरा कम हो जाला, हड्डी मजबूत रहेले, चेहरा पर चमक आ जाला और किडनी में पथरी के समस्या नाही होला. Fact अईसन कवनों शोध नईखे कि बियर नाहि पिये वालन में हृदय से जुड़ल बीमारी, किडनी में पथरी या हड्डी के कमजोरी जईसन बीमारी पावल जाला. सोशल मीडिया तथा मैसेजिंग ऐप्स पर अक्सर बियर पियले के फायदा बतावे वाला कई पोस्ट वायरल होत रहेले. कुछ दिन पाहिले एगो अईसने पोस्ट में ई दावा कईल गईल रहल कि बियर पियले से हार्ट अटैक के खतरा कम हो जाला, हड्डी मजबूत रहेले, चेहरा पर चमक आ जाला और किडनी में पथरी के समस्या नाही होला. अल्कोहल आधारित पेय पदार्थन के लोकप्रियता में बढ़ोतरी के साथ-साथ ऐसे जुड़ल भ्रामक जानकारी में भी वृद्धि देखल गईल बा. उदाहरण खातिर कई लोगन के लगेला कि अल्कोहल आधारित पेय पदार्थन से सेहत बनेला, ते वहीं कई लोग एसे कई तरह के बीमारी भईले के भी दावा करेने. बियर पिये वाला भी बहुत सारा लोगन के ई लगेला कि एसे स्वास्थ्य संबंधी कई तरह के फायदा होला. बियर पियले से हार्ट अटैक के खतरा कम भईले, हड्डी मजबूत भईले, चेहरा पर चमक अईले और किडनी में पथरी के समस्या नाही भईले के नाम पर शेयर कईल जा रहल ए दावा के पड़ताल Newschecker द्वारा पूर्व में भी (1, 2) कईल जा चुकल बा. हमनी के पड़ताल के अनुसार, सीमित मात्रा में बियर पियले के कुछ संभावित फायदा हो सकेला. जईसे कि, हालांकि, शोध अध्ययनन में ईहो बतावल गईल बा कि अधिक मात्रा में बियर पियल सेहत खातिर खतरनाक साबित हो सकेला एही वजह से बियर पियले के फायदा देखले के दौरान एसे होए वाला नुकसान भी देखे के चाही. वायरल दावा के बारे में अधिक जानकारी खातिर मुंबई के डॉक्टर कश्यप दक्षिणी से संपर्क कईनी. डॉक्टर कश्यप दक्षिणी के अनुसार, “अईसन कई रिपोर्ट बा जवने में बियर हार्ट, हड्डी, कोलेस्ट्रॉल और किडनी संबंधी समस्या के समाधान में सहायक साबित हो सकेला. हालांकि, कवनों भी प्रतिष्ठित मीडिया जर्नल या शोध पेपर में ई जानकारी नाही दिहल गईल बा कि बियर नाही पिये वालन के हार्ट, हड्डी, कोलेस्ट्रॉल और किडनी संबंधी समस्या भईले के खतरा अधिक होला. हृदय और हड्डी के सेहत, किडनी में पथरी और कोलेस्ट्रॉल के समस्या जीवन शैली, कवनो आदत, पानी के कम सेवन, क्रियाकलाप, पोषण और वंशानुगत आदि कारण से हो सकेला. एकरे साथ ही बियर के अधिक सेवन से टाइप 2 डायबिटीज, डिसलिपिडेमिया, मोटापा, हाइपरटेंशन, हृदय संबंधी रोग और बोन मिनिरल डेंसिटी जईसन समस्या के खतरा बढ़ जाला. बियर पियले से हार्ट अटैक के खतरा कम भईले, हड्डी मजबूत भईले, चेहरा पर चमक अईले और किडनी में पथरी के समस्या नाही भईले के नाम पर शेयर कईल जा रहल ई दावा पूरी तरह से सही नाही बा. ढेर बियर पियले से कई तरह के स्वास्थ्य संबंधी समस्या पैदा हो सकेले. Our Sources Beer and Cardiovascular Disease – Beer and Health Effects of moderate beer consumption on health and disease: A consensus document – Nutrition, Metabolism and Cardiovascular Diseases (nmcd-journal.com) Moderate Consumption of Beer and Its Effects on Cardiovascular and Metabolic Health: An Updated Review of Recent Scientific Evidence – PMC (nih.gov) Nutrient Intake and Use of Beverages and the Risk of Kidney Stones among Male Smokers | American Journal of Epidemiology | Oxford Academic (oup.com) Consumption of beer for kidney stones – Myths vs Facts | Fortis Health Connect Blogs (fortishealthcare.com) Moderate consumption of beer reduces liver triglycerides and aortic cholesterol deposit in LDLr-/- apoB100/100 mice – PubMed (nih.gov) To beer or not to beer: A meta-analysis of the effects of beer consumption on cardiovascular health – PubMed (nih.gov) Moderate Beer Intake and Cardiovascular Health in Overweight Individuals – PubMed (nih.gov) Silicon in beer and brewing – Casey – 2010 – Journal of the Science of Food and Agriculture – Wiley Online Library Drinking too much alcohol can harm your health. Learn the facts | CDC (This article has been published in collaboration with THIP Media) कौनो भी संदिग्ध ख़बर के पड़ताल, संशोधन या अन्य सुझाव खातिर हमनी के WhatsApp करीं: 9999499044 या ई-मेल करीं: checkthis@newschecker.in
schema:mentions
schema:reviewRating
schema:author
schema:datePublished
schema:inLanguage
  • Hindi
schema:itemReviewed
Faceted Search & Find service v1.16.115 as of Oct 09 2023


Alternative Linked Data Documents: ODE     Content Formats:   [cxml] [csv]     RDF   [text] [turtle] [ld+json] [rdf+json] [rdf+xml]     ODATA   [atom+xml] [odata+json]     Microdata   [microdata+json] [html]    About   
This material is Open Knowledge   W3C Semantic Web Technology [RDF Data] Valid XHTML + RDFa
OpenLink Virtuoso version 07.20.3238 as of Jul 16 2024, on Linux (x86_64-pc-linux-musl), Single-Server Edition (126 GB total memory, 11 GB memory in use)
Data on this page belongs to its respective rights holders.
Virtuoso Faceted Browser Copyright © 2009-2025 OpenLink Software