About: http://data.cimple.eu/claim-review/f048a224031d01bc779cd6be069c9d1519d19267016cc2b1a9fe8c53     Goto   Sponge   NotDistinct   Permalink

An Entity of Type : schema:ClaimReview, within Data Space : data.cimple.eu associated with source document(s)

AttributesValues
rdf:type
http://data.cimple...lizedReviewRating
schema:url
schema:text
  • Newchecker.in is an independent fact-checking initiative of NC Media Networks Pvt. Ltd. We welcome our readers to send us claims to fact check. If you believe a story or statement deserves a fact check, or an error has been made with a published fact check Contact Us: checkthis@newschecker.in Fact checks doneFOLLOW US Health and Wellness Claim खेत में अईसन कीड़ा आ गईल बा जवने के कटले से तुरंत मौत हो जाला. Fact ई दावा गलत बा. बिजली गिरले से पिता-पुत्र के मौत के तस्वीर कीड़ा कटले से मौत के नाम पर शेयर कईल जाता. सोशल मीडिया पर ई दावा कईल जाता कि खेत में अईसन कीड़ा आ गईल बा जवने के कटले से तुरंत मौत हो जाला. भारत के बड़हन जनसंख्या आज भी दैनिक रूप से खेती-बाड़ी के काम में लागल रहे ले. खेती के क्षेत्र में जेतना अधिक दवा बनावल जाता ओही अनुपात में फसल में कीड़ा और बीमारिन के भी बढ़ोत्तरी होत बा. कई बार अईसन खबर सामने आवेला कि खेत में काम करत समय किसानन के सांप या और कवनों जहरीला जानवर काट लेने, जवने से तमाम गरीब किसानन के मौत भी हो जाला. एही क्रम में सोशल मीडिया यूजर्स ई दावा करताने कि खेत में अईसन कीड़ा आ गईल बा जवने के कटले से तुरंत मौत हो जाला. खेत में नया विषैला कीड़ा अईले के नाम पर शेयर कईल जात ई दावा पिछले साल भी खूब वायरल भईल रहल. Newschecker द्वारा पूर्व में ए दावा के पड़ताल हिंदी, मराठी और पंजाबी भाषा में कईल जा चुकल बा. हमनी के पड़ताल के अनुसार DD News Andhra द्वारा 16 सितंबर, 2022 के शेयर कईल गईल एगो ट्वीट में कृषि विज्ञान केंद्र के हवाले से ई जानकारी दिहल गईल बा कि खेत में अईसन कवनों कीड़ा नईखे आईल जवने के कटले से किसानन के मौत हो जाता. वायरल तस्वीरन के साथ शेयर कईल गईल ए ट्वीट में ईहो बतावल गईल बा कि ई कीड़ा मूलतः गन्ना के खेत में पावल जाला और एकरे कटले से प्रभावित जगह में खुजली या जलन होला, ना कि आदमी के मौत. एकरे अलावा हमनी के Owlcation नामक वेबसाइट पर छपल एगो लेख भी मिलल, जवने में कैटरपिलर के डंक (या कटले) से मामूली प्रभाव के अलावा कवनों गंभीर एलर्जी भईले के जानकारी दिहल गईल बा. लेकिन एहु लेख में कहीं ई नाही लिखल बा कि ए कीड़ा के कटले से मौत हो जाला. अपने पड़ताल के दौरान मृतकन के शव के तस्वीरन के गूगल पर खोजले पर हमनी के गणेश नामक एगो ट्विटर यूजर द्वारा 13 सितंबर, 2022 के वायरल तस्वीर के साथ शेयर कईल एगो ट्वीट मिलल. ट्वीट में ई बतावल गईल बा किमहाराष्ट्र के नावे के चालीसागांव में बिजली गिरले से पिता-पुत्र के मौत हो गईल. ट्वीट में पिता के नाम शिवाजी च्वहाण और बेटा के नाम विक्की चव्हाण बतावल गईल बा. उपरोक्त जानकारी के आधार पर कुछ कीवर्ड्स के यूट्यूब पर सर्च कईले पर हमनी के संघर्ष न्यूज मराठी और Aadhar News के यूट्यूब चैनल पर प्रकाशित वीडियो मिलल. बता दिहल जा कि दुनो वीडियो में ए घटना के महाराष्ट्र के चालीसागांव के बतावल गईल बा, जहां आकाशीय बिजली गिरले से पिता-पुत्र के मौत हो गईल रहल. मराठी टाइम्स द्वारा 9 सितंबर, 2022 के प्रकाशित लेख में भी शवन के बारे में ईहे जानकारी दिहल गईल बा कि शिवाजी चव्हाण (45 वर्ष) और उनकर पत्नी अपने बेटा दीपक चव्हाण (14 वर्ष) कपास के खेत में खाद डाले गईल रहले. लेकिन बारिश अईले के बाद पूरा परिवार एगो पेड़ के निचे जाके लुका गईल. एकरे बाद पेड़ पर बिजली गिरल, जवने से शिवाजी चव्हाण और दीपक के निधन हो गईल. इ तरह हमनी के पड़ताल में ई बात साफ हो जाता कि खेत में नया विषैला कीड़ा अईले के नाम पर शेयर कईल जा रहल ई दावा भ्रामक बा. असल में वायरल तस्वीर में दिख रहल शव महाराष्ट्र निवासी शिवाजी चव्हाण और उनके पुत्र दीपक के है. दुनो जना के निधन बिजली गिरले से भईल रहल, ना कि कवनों कीड़ा के कटले से. Our Sources Tweet by DD News on September 16, 2022 Article published by Owlcation Tweet shared by @Ganesh51230717 on September 14, 2022 Youtube video published by संघर्ष मराठी न्यूज on September 14, 2022 Youtube video published by Aadhar News on September 14, 2022 Report published by Maharashtra Times on September 09, 2022 कौनो भी संदिग्ध ख़बर के पड़ताल, संशोधन या अन्य सुझाव खातिर हमनी के WhatsApp करीं: 9999499044 या ई-मेल करीं: checkthis@newschecker.in
schema:mentions
schema:reviewRating
schema:author
schema:datePublished
schema:inLanguage
  • Hindi
schema:itemReviewed
Faceted Search & Find service v1.16.115 as of Oct 09 2023


Alternative Linked Data Documents: ODE     Content Formats:   [cxml] [csv]     RDF   [text] [turtle] [ld+json] [rdf+json] [rdf+xml]     ODATA   [atom+xml] [odata+json]     Microdata   [microdata+json] [html]    About   
This material is Open Knowledge   W3C Semantic Web Technology [RDF Data] Valid XHTML + RDFa
OpenLink Virtuoso version 07.20.3238 as of Jul 16 2024, on Linux (x86_64-pc-linux-musl), Single-Server Edition (126 GB total memory, 11 GB memory in use)
Data on this page belongs to its respective rights holders.
Virtuoso Faceted Browser Copyright © 2009-2025 OpenLink Software