About: http://data.cimple.eu/claim-review/3ccb5c11d0b8f733c70ee43babecdeb0ee193524c03ce31e2ba06e8d     Goto   Sponge   NotDistinct   Permalink

An Entity of Type : schema:ClaimReview, within Data Space : data.cimple.eu associated with source document(s)

AttributesValues
rdf:type
http://data.cimple...lizedReviewRating
schema:url
schema:text
  • Newchecker.in is an independent fact-checking initiative of NC Media Networks Pvt. Ltd. We welcome our readers to send us claims to fact check. If you believe a story or statement deserves a fact check, or an error has been made with a published fact check Contact Us: checkthis@newschecker.in Fact checks doneFOLLOW US Fact Check Claim इंडियन ऑयल द्वारा जारी कईल गईल चेतावनी के अनुसार गर्मी में कवनों भी वाहन के टंकी फुल करवले से धमाका हो सकेला. Fact इंडियन ऑयल द्वारा जारी कईल गईल स्पष्टीकरण में ए दावा के गलत बतावल गईल बा. सोशल मीडिया तथा मैसेजिंग ऐप्स पर ई दावा कईल जाता कि इंडियन ऑयल द्वारा जारी कईल गईल चेतावनी के अनुसार गर्मी में कवनों भी वाहन के टंकी फुल करवले से धमाका हो सकेला. देश के कई राज्यन में गर्मी के शुरुआत हो चुकल बा. ठंडी के तुलना में लोग गर्मी में ईंधन आधारित वाहन के अधिक इस्तेमाल करेने. गर्मी के प्रकोप बढ़ले के साथ ऐसे जुड़ल भ्रामक जानकारी में भी बढ़ोत्तरी देखल जाता. एही क्रम में पिछले कई साल से सोशल मीडिया पर वायरल हो रहल ए दावा के फिर से शेयर कईल जाता. वायरल पोस्ट में ई दावा कईल जाता कि इंडियन ऑयल द्वारा जारी कईल गईल चेतावनी के अनुसार गर्मी में कवनों भी वाहन के टंकी फुल करवले से धमाका हो सकेला. इंडियन ऑयल द्वारा जारी कईल गईल चेतावनी के अनुसार गर्मी में कवनों भी वाहन के टंकी फुल करवले से धमाका भईले के नाम पर शेयर कईल जा रहल ए दावा के पड़ताल Newschecker द्वारा पूर्व में हिंदी (1, 2), अंग्रेजी, मलयालम, बांग्ला, मराठी तथा अन्य भाषा में कईल गईल बा. हमनी के पड़ताल के अनुसार इंडियन ऑयल कारपोरेशन लिमिटेड 3 जून, 2019 के एगो ट्वीट शेयर कईके ए दावा के फर्जी बतवले रहल. ट्वीट के अनुसार वाहन निर्माता कंपनीन द्वारा सुरक्षा संबंधी हर तरह के पहलू के ध्यान में रखके ही कवनों भी वाहन के निर्माण कईल जाला. कवनों गाड़ी में वाहन निर्मातन द्वारा बतावल गईल क्षमता तक पेट्रोल या डीजल भरल पूरा तरह से सुरक्षित बा. वायरल दावा के बारे में अधिक जानकारी खातिर हमनी के फेडरेशन ऑफ ऑल-इंडिया पेट्रोलियम ट्रेडर्स (FAIPT) के उपाध्यक्ष सबरीनाथ से बात कईनी, जहां हमनी के जानकारी दिहल गईल कि ई दावा पूरी तरह से गलत बा. उनके अनुसार, “वाहन निर्माता कंपनीन (ऑटोमोबाइल कंपनीन) द्वारा भाप बढ़ले के समस्या के ध्यान में रखके ही कवनों गाड़ी के टंकी के क्षमता के निर्धारण कईल जाला. एकर मतलब अगर कवनों वाहन के टंकी के क्षमता 50 लीटर बा, ते ओमे 55 लीटर तेल आ सकेला. लेकिन टंकी में 50 लीटर तेल भईले पर एगो फ़िल्टर होला जेकरे बाद टंकी के पूरा तरह से भरल मान लिहल जाला. खाली ए फ़िल्टर के ही दुबारा से भरल जा सकेला. हाल-फिलहाल में ई दावा फिर से वायरल होता, जवने के बाद इंडियन ऑयल कारपोरेशन लिमिटेड तथा सूचना एवं प्रसारण मंत्रालय के अंतर्गत आवे वाला PIB Fact Check द्वारा ट्वीट कईके ए दावा के फिर से गलत बतावल गईल बा. ए तरह हमनी के पड़ताल में ई बात साफ हो जाता कि इंडियन ऑयल द्वारा जारी कईल गईल चेतावनी के अनुसार गर्मी में कवनों भी वाहन के टंकी फुल करवले से धमाका भईले के नाम पर शेयर कईल जा रहल ई दावा गलत बा. असल में इंडियन ऑयल खुद ए दावा के फर्जी बतवले बा. Our Sources Tweet shared by Indian Oil Corporation Ltd on 3 June, 2019 Tweet shared by PIB Fact Check on 25 April, 2023 Tweet shared by Indian Oil Corporation Ltd on 19 April, 2023 Newschecker’s converation with Sabrinath, Vice President, Federation of All-India Petroleum Traders (FAIPT) कौनो भी संदिग्ध ख़बर के पड़ताल, संशोधन या अन्य सुझाव खातिर हमनी के WhatsApp करीं: 9999499044 या ई-मेल करीं: checkthis@newschecker.in
schema:mentions
schema:reviewRating
schema:author
schema:datePublished
schema:inLanguage
  • Hindi
schema:itemReviewed
Faceted Search & Find service v1.16.123 as of May 22 2025


Alternative Linked Data Documents: ODE     Content Formats:   [cxml] [csv]     RDF   [text] [turtle] [ld+json] [rdf+json] [rdf+xml]     ODATA   [atom+xml] [odata+json]     Microdata   [microdata+json] [html]    About   
This material is Open Knowledge   W3C Semantic Web Technology [RDF Data]
OpenLink Virtuoso version 07.20.3241 as of May 22 2025, on Linux (x86_64-pc-linux-musl), Single-Server Edition (126 GB total memory, 8 GB memory in use)
Data on this page belongs to its respective rights holders.
Virtuoso Faceted Browser Copyright © 2009-2026 OpenLink Software